अंजोर दुनिया में राउर स्वागत बा.
आईं भोजपुरी के दोस्तन संग मिल बइठीं आ भोजपुरी से जुड़ल, भोजपुरी समाजसे जुड़ल विषय पर आपन राय विचार शेयर करीं.
एह अँजोर दुनिया पर दू तरह के सदस्य रहीहें. एक त ऊ जे लेखक के श्रेणी में रहीहें, दोसर ऊ जे पाठक हउवें आ कवनो लेख भा विचार पर आपन टिप्पणी दिहल चहीहें. लेखक दोसरा का लेख पर टिप्पणी दे सकेलें आ पाठक अपना ला लेखक के दर्जा माँग सकेला. अगर रउरा लेखक के दर्जा चाहीं त नीचे आपन टिप्पणी देत दर्जा मांग लीं.
हर लेख आ टिप्पणी के माडरेशन से हो के गुजरे के पड़ी. बाकिर माडरेशन के मतलब संपादन ना होखी. माडरेशन ओतने भर होखी की अवांछित बाति हटा दिहल जाव. कोशिश करीं कि कवनो अवांछित बाति ना आ पावे आ हमरा पर माडरेशन के ढेर बोझ ना पड़े.
भरसक दोसरा कवनो वेबसाइट भा नेटवर्क के आलोचना एहिजा मत करीं. ओकरा खातिर सबसे बढ़िया जगहा उहे वेबसाइट भा नेटवर्क होखी. हँ बड़ाई रउरा जेकर चाहे जेतना मन करे कर सकीलें, हमार आ अँजोरिया के छोड़ के.
याद राखीं. रउरा एहिजा पूरा आजाद बानी आ ओह आजादी के बनवले राखे के बा.
राउर,
ओम
कोआर्डिनेटर, अँजोर दुनिया
omprakash amritanshu 3:55 pm on January 4, 2011 Permalink |
संपादक जी ,
हम अँजोर दुनिया के स्वागत करत बानी!साथ में निहोरा भी करत बानी कि हम अँजोरिया. कॉम पे आपन रचना खातिर जगह पावल चाहत बानी .यानि लेखक के रूप में आपन नाम दर्ज करावल चाहत बानी . बड़ी कृपा होई .
राउर
ओ.पी .अमृतांशु
co-ordinator 4:14 pm on January 4, 2011 Permalink |
अमृतांशु जी, बहुत खुशी होखी रउरा के लेखक का दर्जा में राखि के. बाकिर पहिले एहिजा रजिस्टर त होईं.
राउर,
ओम
Santosh Kumar Patel 12:08 pm on January 5, 2011 Permalink |
sampadak ji
naya baris ….
aego naya soch ke …… le ke raura aaini…
hamani bhojpuria la aego niman manch…
subhkaman sahit.
santosh kumar patel